वोट में ऐइसन का बा
सत्ता परिवर्तन के ई अधिकार बा
पाँच साल में उ नजर ना अइले
चुनववा में वोट खातिर नेता रउवे द्वार बा
भैया लोग आपन वोट के किम्मत पहचानेके बा
काम पडेला त नेताजी ना मिलेनी
हर समय बिजी-बिजी रहेनी
पर काम होत कुछ ना दिखेला
खाली चुनववा में वोट के महत्व पता चलेला
सत्ता परिवर्तन के ई अधिकार बा
माता-बहिन, चाचा-चाची, भैया-भाभी से इहे हमार एक अपील बा
वोट के सही उपयोग करेके बा
————————
(कवि महात्मा गांधी अंतरराष्ट्रीय हिंदी विश्वविद्यालय, वर्धा (महाराष्ट्र) के स्त्री अध्ययन विभाग में पी-एच.डी., रिसर्च स्कॉलर, हैं)
सम्पर्क : [email protected]
मो. 8421966265