1857 में वीर कुँवर सिंह के सहयोगी रही, आज भुला दीहल गइली धरमन बाई

आरा शहर में होली मिलन समारोह में बाबू कुँवर सिंह आईल रहले . धरमन बाई आ करमन बाई दुनो बहिन के मुजरा शुरू भईल . मुजरा के भाव रहे बीर कुँवर सिंह जी रउआ एइजा बइठल बानी . ई अंगरेज पूरा देश पर अतियाचार करत बाड़ स . रउआ कइसे देखि सकेनी . रऊआ चाहबि तबे इन्हनि के सात समन्दर पार भगावल जा सकेला . उठीं जागीं अउरी इन्हनि के भगावे खातिर ततपर हो जाईं . कुछ त गीत के भाव उत्तेजित करे वाला रहे अउरी कुछ धरमन व करमन बाई लोग के सुर के कमाल रहे कि बाबू कुँवर सिंह भावावेश में आ गईले . भावावेश में आई के ऊ धरमन बाई के हाथ पकड़ि लिहले . अब धरमन बाई बाबू साहेब के गोड़ पर गिर गईली . आज तकले केहू हमार हाथ न पकडले रहे . रउआ हाथ धयिनी त जिनिगी भर के साथ दिहिं . कुँवर सिंह आवाक ! लगले आपन ज्यादा उमिर के दुहाई देबे . कहलनि कि तहरा के बहुत जवान आदमी मिल जइहें . हम त पाकल आम ठहरनि ना जाने कब चू जाइबि . धरमन बाई ना मनलि . जे हाथ पकड़ले बा , उहे हमार मरद होइ . हम मुसलमान हईं ,ये से रउआ बहाना बनावत बानी .ओइजा मौजूद सब लोग धरमन बाई के बात के समर्थन कईल . अब बाबू कुँवर सिंह उहवाँ से लालअबीर लेकर धरमन बाई के माँग भरि दिहले . उपहार में आपन एगो कटार देई के कहले ,

” एकरा के सम्भाल के रखिह . एकरा में आगि बा .”

धरमन की नृत्यशाला आज भी है

कहल जाला कि बाबू कुँवर सिंह से उनुका दुई गो लइका भइले स .ई प्रमाणिक जानकारी नइखे . धरमन बाई पर इतिहास मौन बा .टुकड़ा टुकड़ा में जवन जानकारी मिलल बा – ऊ पर्याप्त नइखे . बाकि ई निर्विवाद सच बा कि धरमन बाई के बाबू कुँवर सिंह दिल – ओ – जान से चाहत रहले . ऊ धरमन बाई खाति अपना गाँव जगदीश पुर में धरमन मस्जिद , आरा शहर में धरमन चौक व उनका बहिन के खाति करमन टोला बसवले . बाबू कुँवर सिंह के पूरा परिवार उनका के मानत रहल हा . ऐक बेरी कुँवर सिंह आ उनकरा भाई अमर सिंह में मनमुटाव हो गईल रहे त धरमन बाई उ दुनो जाना के बीच में सेतु बन सुलहा करवली .

जब अंग्रेजन से लड़ाई लागल त धरमन बाई एकदम परछाईं के तरह से बाबू कुँवर के साथे लागि गईली . आपन धन दौलत सब बाबू वीर कुँवर सिंह के दान कई दिहली . जब रीवाँ से कालपी आवत रहे लो त रास्ता में अंग्रेजी सेना से भिड़ंत हो गईल . धरमन बाई सेना के सगंठन आपन हाथ में ले लिहली अउर खुद तोप सेना के संचालन करे लगलि . इनकरा अदम्य साहस के आगे अंग्रेजी सेना के पाँव उखड़ गईल आ उहंवा से अंग्रेजी सेना भाग गईल . लेकिन ए दौरान धरमन बाई भी बहुत बुरी तरह से घायल हो गईली . बाबू कुँवर सिंह उनकर सिर अपना गोदी में रखि लिहले . खून जियादा बहि गईल रहे . धरमन बाई बाबू कुँवर सिंह के कटार वापस कई दिहली आ कहलि –

” देखि लीं , सवाच लीं ! एमे अबो आगि बा .”

अतना कहला के बाद उनकर प्राण पखेरू उड़ गईल .

(साभार – आखर का फेसबुक पेज)

शुभजिता

शुभजिता की कोशिश समस्याओं के साथ ही उत्कृष्ट सकारात्मक व सृजनात्मक खबरों को साभार संग्रहित कर आगे ले जाना है। अब आप भी शुभजिता में लिख सकते हैं, बस नियमों का ध्यान रखें। चयनित खबरें, आलेख व सृजनात्मक सामग्री इस वेबपत्रिका पर प्रकाशित की जाएगी। अगर आप भी कुछ सकारात्मक कर रहे हैं तो कमेन्ट्स बॉक्स में बताएँ या हमें ई मेल करें। इसके साथ ही प्रकाशित आलेखों के आधार पर किसी भी प्रकार की औषधि, नुस्खे उपयोग में लाने से पूर्व अपने चिकित्सक, सौंदर्य विशेषज्ञ या किसी भी विशेषज्ञ की सलाह अवश्य लें। इसके अतिरिक्त खबरों या ऑफर के आधार पर खरीददारी से पूर्व आप खुद पड़ताल अवश्य करें। इसके साथ ही कमेन्ट्स बॉक्स में टिप्पणी करते समय मर्यादित, संतुलित टिप्पणी ही करें।